मन सपना के महल बनावे गीत लिरिक्स

मन सपना के महल बनावे,
दुनिया ढेला चलावे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे।।



जब जब दिन बिगड़े पर होला,

केहू रोक ना पावे,
जब जब दिन बिगड़े पर होला,
केहू रोक ना पावे,
जाने का लिखल किस्मत में,
जाने का लिखल किस्मत में,
ई ना पता चल पावे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे।।



समय हंसावे समय रोआवे,

समय ही नाच नचावे,
समय हंसावे समय रोआवे,
समय ही नाच नचावे,
जानबूझ के ना कोई माली,
जानबूझ के ना कोई माली,
आपन बगिया जरावे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे।।



बनाले के साथी सब केहु होला,

बिगड़े पर मुंह घुमावे,
बनाले के साथी सब केहु होला,
बिगड़े पर मुंह घुमावे,
सूरज के डूबते परछाई भी,
सूरज के डूबते परछाई भी,
आपन साथ छोड़ावे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे।।



मन सपना के महल बनावे,

दुनिया ढेला चलावे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे,
जिनिगिया के,
खेला समझ में ना आवे।।

Singer – Pawan Singh
Upload By – Radhey Shyam
9354082361


Previous articleधन यशोदा थारो भाग जिन घर कानजी जन्म लियो
Next articleबाबोसा री भक्ति में होकर के बावरा
Shekhar Mourya
Bhajan Lover / Singer / Writer / Web Designer & Blogger.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here